हाले में आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस ( AI ) के गॉड फादर कहाए वाला ज्योफ्री हिंटन जब अपना अविष्कार के खतरा बतवले ह त लोग चिहुंक गइल. अमेरिका के अखबार “न्यूयॉर्क टाइम्स” के अपना इंटरव्यू में हिंटन कहतारे- “गूगल से हम एसे इस्तीफा देले बानी कि अब अपना काम पर हमरा पछतावा होता. आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस में खतरा बा आ ए खतरा में कुछ डरावना भी बा.” हिंटन एगो ट्विट भी कइले बाड़े जौना में ऊ लिखले बाड़े कि “हम नोकरी एसे छोड़नी हं ताकि हम आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के खतरा का बारे में खुल के बात क सकीं आ एकर असर गूगल पर ना परे. गूगल बहुते जिम्मेदारी से काम करता.” हालांकि आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के मदद से चिकित्सा के क्षेत्र में डायग्नोसिस आ रोबोटिक सर्जरी तक होता. रोगी ठीक हो रहल बाड़े सन. विकास के हर क्षेत्र में आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस क्रांति कर रहल बा. वीडियो आ फोटो के पहचान में ई मददगार हो रहल बा. बाकिर अब एकर खतरा का बा, एकरो बात होखे लागल. त एकरा भीतर झांकल जाउ.

आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस नियर अंग्रेजी शब्द एगो खास कारण से लिखे के परल बा. ओकर भोजपुरी अनुवाद होई बनावटी (कृत्रिम) बुद्धि. जब “बनावटी” लिखल जाई त डर लागल ह कि रउरा सब का जाने कनफ्यूजन में परि जाइब कि ई कौन बुद्धि ह? कंप्यूटर जनित बुद्धि के नांव ह आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई). त अब आगा एकरा के शार्ट में एआई लिख के काम चलावल जाउ. त एआई ह का? कंप्यूटर से नियंत्रित आदमी नियर इंटेलिजेंस भा बुद्धि से सोचे वाला सॉफ़्टवेयर के एआई कहल जाला. एकरा में अइसन कंप्यूटर सिस्टम भा रोबोटिक सिस्टम तैयार कइल जाला जौन ओही आधार पर चली जौना आधार पर मनुष्य के मस्तिष्क भा दिमाग काम करता. ऊ साफ्टवेयर निकट भविष्य में मनुष्य से कई गुना तेज काम करे जा रहल बा. काहें से कि एआई के गॉड फादर हिंटन खुदे कहतारे- “अभी, जहां तक ले हम कहि सकेनी, एआई हमनी से ज्यादा बुद्धिमान नइखे. बाकिर हमरा लागता कि ऊ जल्दिए हमनी से ढेर बुद्धिगर हो जाई.”

हिंटन कहतारे कि एआई से मनुष्य के नोकरी खतम होत जाई आ एगो अइसन दुनिया बन जाई जौना में ई पते ना चली कि सच का बा. सोशल मीडिया पर तमाम तरह के कनफ्यूजन वाला बात आवे लागी. हालांकि आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस हिंटन के खोजल शब्द ना ह. सन 1956 में जॉन मैकार्थी ‘आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस’ शब्द गढ़ले रहले आ पहिला एआई सम्मेलन कइले रहले. जॉन मैकार्थी अमेरिका में रहे वाला कंप्यूटर आ संज्ञानात्मक विज्ञान के एगो प्रसिद्ध वैज्ञानिक रहले. उनकर अक्तूबर 2011 में मृत्यु हो गइल. ऊहे सबसे पहिले आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के आइडिया प्रस्तुत कइले.

आपके शहर से (पटना)

उत्तर प्रदेश

उत्तर प्रदेश

त खतरा का बा? हिंटन जौना खतरा के बात कइले बाड़े ऊहे एइजा दिया रहल बा. पहिला खतरा ई बा कि एकर इस्तेमाल क के फेक न्यूज भा झूठा समाचार चाहे सूचना सोशल मीडिया पर डालल जा सकेला. वास्तविक लउके वाला फुटेज में लोगन के उपस्थिति आ आवाज में हेरफेर करे खातिर भी एआई के उपयोग पर सवाल उठि रहल बा. दोसरका खतरा हैकिंग के बा. वित्तीय धोखाधड़ी, साइबर अपराध वगैरह के खतरा के संभावना बा. ईहो आरोप बा कि कैंब्रिज एनालिटिका आ एह फर्म से जुड़ल अन्य लोग सन 2016 के अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव आ यूके के ब्रेक्सिट जनमत संग्रह के परिणामों के प्रभावित करे के कोशिश कइले रहे लोग. एकरा खातिर पांच करोड़ फेसबुक यूजर्स के डेटा के इस्तेमाल कइले रहे लोग. आरोप बा कि ई आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के जरिए कइल गइल रहे. तीसर खतरा ई बा कि गोपनीयता पर हमला हो सकेला. कुछ टेक्निकल विशेषज्ञ कहता लोग कि या त एआई हमनी के मार दी आ ना त हमनी के अपना अधीन क ली, हमनी के अपना वश में क लिही. आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के कारन सिलिकॉन वैली में एगो युद्ध नियर माहौल हो गइल बा.

ओने हिंटन कहतारे कि कई गो टेक कंपनी एआई अपनावे के होड़ में लागल बाड़ी सन. ई कुल कंपनी जल्दी से जल्दी एआई बेस्ड प्राडक्ट बनावे के चाहतारी सन. जौन काम तीन महीना में होला ऊ काम ई एआई तकनीक तुरंते क देता. हिंटन कहतारे कि हम एआई ना बनइतीं त केहू दोसर बना दीत. एआई के अविष्कार त होखहीं के रहल ह. बाकिर एक खतरो बहुत बा. कौनो अपराधी प्रवृत्ति वाला आदमी कौनो अच्छा एआई के कॉपी क के ओकरा में अपना अनुसार बदलाव क सकेला आ ओकर इस्तेमाल अपना निजी लाभ खातिर क सकेला. कौनो अपराधी के फोटो के पहचान करेके बा त एआई तुरंते क दी. हो सकेला कि ऊ फरार होके कहां लुकाइल बा, ईहो बता दी.

हमरा बुझाता कि हमनी के देश में जब एआई काम करे लागी त सरकार एकर गलत इस्तेमाल ना होखे खातिर कड़ा कानून बनाई. गलत काम करत पकड़इला पर कड़ा सजा के प्रावधान करी. तबे विकास के काम ठीक से हो सकेला.(डिसक्लेमर – लेखक वरिष्ठ पत्रकार हैं और ये उनके निजी विचार हैं)
ब्रेकिंग न्यूज़ हिंदी में सबसे पहले पढ़ें News18 हिंदी| आज की ताजा खबर, लाइव न्यूज अपडेट, पढ़ें सबसे विश्वसनीय हिंदी न्यूज़ वेबसाइट News18 हिंदी|Tags: Artificial Intelligence, Bhojpuri ArticlesFIRST PUBLISHED : May 08, 2023, 14:19 IST



Source link