अउरी कौनो भासा के बोली में बिराम (पॉज) खातिर कौनो शब्द बा कि ना, ई खोजे के परी बाकिर भोजपुरी में बा- “अथी” भा “एथुआ” भा “एथू”. उदाहरन वाक्य- “खाना में दाल, भात तरकारी चटनी आ सलाद रहुए आ अथी रहुए… एं.. रायता रहुए.” ई “अथी” कहि के आदमी सोचे के समय ले लेला. बात सुने वाला “अथी” सुनते बुझि जाला कि सामने वाला आदमी भुलाइल शब्द मन पारता. “अथी” भा “एथुआ” भा “एथू” धैर्य राखे के सीख देबे वाला शब्द हउवन स. एही से कहाला कि भोजपुरी के दर्जा बिसेस बा. अब आगा बढ़ीं जा. कुछ लोगन के तकिया कलाम बोले के आदत होला. तकिया कलाम माने सूत्र शब्द, जौना के अंग्रेजी में कैचफ्रेज (Catchphrase) कहल जाला, जइसे- “जे बा से कि”. कुछ लोग बतियवला के क्रम में हर दू- तीन वाक्य का बाद “जे बा से कि” तकिया कलाम बोलत रहेला.

त तकिया कलाम के परिभाषा भइल- अइसन वाक्य जौन कौनो व्यक्ति बार- बार प्रयोग करता. लोगो जानेला कि ई फलाना आदमी के बतियावे के तरीका ह. लोकप्रिय तकिया कलाम में “ठीक कहतानी कि ना?”, “गलती कहतानी?” आ “बा कि ना?” के शामिल कइल जा सकेला. कई लोगन खातिर तकिया कलाम पूरक वाक्य होला. बिना ओकरा के बोलले ओह आदमी के संतोसे ना मिलेला.

कुछ लोगन के तकिया कलाम “हई देखीं” होला. कौनो बात कहे के पहिले भा कौनो वाक्य बोले के पहिले “हई देखीं” बोल देला. अब जे ओह आदमी के बोले के स्टाइल नइखे जानत ऊ “हई देखीं” सुनते बिसेस रूप से उनकर बात पर ध्यान देबे लागी. बाकिर जे उनकर स्टाइल जानता ओकरा कौनो फरक ना परी. एहीतरे कुछ लोग तकिया कलाम के रूप में “माने” बोलेला. उदाहरण- “हम मंदिर में पूजा करे जात रहुईं, माने हमरा हाथ में फुलडाली रहुए.” अब एइजा मंदिर गइला के अर्थ फुलडाली नइखे. “माने” शब्द अइसन आदमी कहीं बोल देला, काहें से कि ई शब्द ओकर तकिया कलाम ह. “ई बढ़िया समोसा बा, माने अइसन समोसा अउरू कौनो दोकान पर ना मिले.” एहीतरे कुछ लोग-“अब का कहीं” के तकिया कलाम बना लेला. मरद होखे भा मेहरारू कुछ लोगन में हर बतिए में – “आरे भगवान!” कहे के भी आदत होला.

कई लोगन के कहनाम बा कि ई कुल तकिया कलाम भाषा आ बोली के अउरी चुंबकीय बना देला. एहीतरे “अरे मोरी दइया” भा “का कहीं” भी तकिया कलाम होला. कुछ लोगन के तकिया कलाम “हई ल”. कौनो घटना के सुनते ऊ आदमी “हई ल” बोल देला. ओकरा बाद आपन प्रतिक्रिया देला. त कुछ लोगन के “दुर” त केहू के “अब का करीं” तकिया कलाम होला. के कौन तकिया कलाम पकड़ ली, कहल ना जा सकेला. आपन- आपन रुचि बा.

केहू के जदि चैतन्य करे के बा त ओकरा प्रति “अरे मरदे” के संबोधन कइल जाला. जइसे- “अरे मरदे, गमछा पहिर के बाजारे जाइल जाला, तनी ढंग से कपड़ा पहिर…” भा “अरे मरदे, कइसे तीर्थ करे चल जाईं, पाकिट में पइसा चाहीं….” अब केहू कहि सकेला कि ई कुल निरर्थक शब्द हउवन सन, बाकिर गौर से देखीं त इहे भाषा आ बोली के सौंदर्य भी बा. तकिया कलाम बोली के विविधता के द्योतक भी बा. अंग्रेजियो में तकिया कलाम होला, कैचफ्रेज होला. जइसे- “वीसियस सर्किल”(दुष्चक्र), चीप थ्रिल्स (सस्ता रोमांच). त खाली भोजपुरिए में तकिया कलाम नइखे, अउरियो कुल भाषा में बा. बाकिर भोजपुरी के बातिए कुछ दोसर बा. अब बात करते हुए रउरा से केहू तकिया कलाम बोल देउ कि “बा कि ना?”

त जदि कौनो ढेर आपत्तिजनक बात नइखे त रउरा नाहिंयो चाहब त “हं” बोले के परी. एहीतरे केहू तकिया कलाम बोल देउ कि “गलती कहतानी?” त रउरा ना में मुड़ी हिलावहीं के परी. बाकिर एइजा एगो रोचक बात बा. जब केहू बार- बार “गलती कहतानी?” कहे लागेला त बात सुने वाला आदमी चुपचाप सुनत रहेला. हं भा ना कुछु ना बोले. सामने वाला आदमी बतियावत जाता आ बोलत जाता कि “गलती कहतानी?” आ रउरा बिना कौनो कमेंट के चुपचाप बानी. त सामने वाला आदमी आपन बात आगा बढ़ा दी. ऊ एकर परवाह ना करी कि रउरा हूं कहनी कि ना कहनी. ओकरा बात कहला से मतलब बा.

अच्छा एगो अउरी बात बा. दू गो हित-नात, दोस्त भा बहुते नजदीकी आदमी ढेर दिन पर भेंटाला त ओह लोगन के बीच एगो टेंपरोरी तकिया कलाम आ जाला- “अउरी कुल सुनाईं”. ई बात बार- बार एक आदमी दोसरका से कहेला. सब केहू ना, त कुछ लोग त जरूरे कहेला. अब बार- बार केहू कहे कि “अउरी कुल सुनाईं” त ओकरा से बतियावे वाला आदमी केतना अउरी कुल सुनाई? आ लेहाज में ईहो ना कहि सकेला कि आरे महाराज केतना सुनाईं. कुल बात त कहिए दिहनीं. ना, ऊ ई बात चाहि के भी ना कहि सकेला. ओइजा मर्यादा आके खड़ा हो जाई. अंत में एगो अउरी तकिया कलाम सुन लीं- “अउरी कुल ठीक बा नू?” ईहे बात जदि रउरा से केहू आत्मीय आदमी बार- बार पूछे लागी तबो रउरा ओकरा के ना टोक सकेनी. हर बार रउरा “हं” कहे के परी. त तकिया कलाम के महिमा अपरंपार बा. एकरा पर गौर कइला पर आनंद आवेला. काहें से कि ई भाषा आ बोली के जान ह. एकरा से सचहीं चुंबकत्व पैदा होला.

(डिसक्लेमर – लेखक वरिष्ठ पत्रकार हैं और ये उनके निजी विचार हैं.)
.Tags: Article in BhojpuriFIRST PUBLISHED : September 24, 2023, 10:37 IST



Source link