[ad_1]

सभे के मालूम हो गइल बा कि केंद्र के राजनीतिक भविष्य तय करे वाला उत्तर प्रदेश में योगी बाबा फेर भाजपा के परचम लहरा दिहलें बाड़ें. एकर प्रभाव अब 2024 के चुनाव पर जरूर पड़ी. राजधानी से सटल आ देश के अर्थव्यवस्था में जरूरी जोगदान देबे पंजाब में आप बाजी मार ले गइल बा. पर्यटन खातिर विश्व भर में विख्यात गोवा अउरी उत्तराखंड में भाजपा फेर से आ गइल बा. देश के केंद्र से सुदूर उत्तर पूर्व के राज्य मणिपुर में भी भाजपा आपन धाक जमवले बा. कहे के माने कि मोदी आ उनके दमदार टीम के वजन अभियो कम नइखे भइल। 2024 अबसे 2 साल बाद बा लेकिन ई नतीजा बहुत दशा दिशा तय करी.
एही सब के दौरान आज फिल्मी सुग्गा रउआ लोग खातिर ले आइल बा कुछ अइसन ही फिल्मन के लिस्ट, जे में चुनाव अउरी ओकर परिणाम सगरी कहानी के मुख्य घटक रहे आ कहीं त प्रमुख ट्विस्ट भी. ई सब फिल्म अक्सर हिट फिल्म बाड़ी सन. एह फिल्मन में उभयचर बात ई बा कि सगरो चुनाव में होखे वाला अराजकता, राजनीतिक दांव पेंच, कूटनीतिक दंगल आ ओकरा बाद चुनावी परिणाम से होखे वाला समाज में बदलाव के ऊपर केंद्रित बा. त चलीं जानल जाव कि फिल्मी सुग्गा अपना पिटारा में कवन कवन फिल्मन के कहानी लेके आइल बा.
नायक (2001)
ई फिल्म त बुझीं राजनीति अउरी राजनीति के सहारे का का सार्थक बदलाव हो सकेला, के केंद्र में रख के बनावल गइल बा. हमरा हिसाब से अधिकतर लोग ई फिल्म देखले होई. जदि रउआ नइखी देखलें त यूट्यूब पर मिल जाई, जाके जरूर देखीं. कइसे एगो सामान्य न्यूज टीवी के कैमरामैन जवन बाद में टीवी प्रेजेंटर बन जात बा, उ जीवन भर अपना अलग पहचान खातिर तड़पत बा. शिवाजी राव गायकवाड एगो मिडिल क्लास युवक बा जवना के सपना बा कि उ समाज आ देश खातिर कुछ करो. ओकरा मन में चारों ओर फइलल अव्यवस्था आ राजनीतिक अउरी प्रशासनिक भ्रष्टाचार के लेके गुस्सा बा. अचानक अइसन होत बा कि उ एगो भ्रष्ट मुख्यमंत्री के इंटरव्यू लेबे के मौका पा जात बा. सवाल जवाब के आवेश में मुख्यमंत्री ओ सामान्य कैमरामैन के एक दिन खातिर मुख्यमंत्री बन के ओ दबाव आ जिम्मेदारी के महसूस करे के ऑफर देत बाड़ें. इहवें से सब कुछ बदल जात बा. उ एक दिन में जवन चमत्कार करत बा, ओकरा बाद उ त नायक बन जात बा, बाकिर ओकर सामान्य जिनगी नरक हो जाता. फिर ओकरा राजनीतिक दबंगन से लड़े खातिर राजनीति करे के पड़त बा अउरी उ कइसे चुनाव करा के, सब कुछ सह के, लोगन के मन में आपन भरोसा दिला के समाज में बदलाव लिआवत बा, इहे फिल्म के दिलचस्प कहानी बा. ई फिल्म देखले बानी भा ना, जरूर देखीं, फ़ील गुड होई. अनिल कपूर एह में मुख्य भूमिका में बाड़ें, भ्रष्ट नेता के भूमिका अमरीश पुरी निभवले बाड़े.
लोफर (1996)
अनिल कपूर के ही फिल्म लोफ़र भी राजनीतिक अउरी सामाजिक अराजकता के केंद्र में लेके बनल फिल्म बा. ई फिल्म भी सफल फिल्म में गिनल जाला. डेविड धवन के ई फिल्म में कॉमेडी, ड्रामा, एक्शन आ सोशल मैसेज सब रहे. ई फिल्म के कहानी रवि कुमार नाम के एगो युवा के बा जवन अपना इज्जतदार परिवार में दाग लेखां बा. ओकरा घर में सभे के बड़ा मान बा. बस रवि कुमार एगो लोफ़र बा, जवन आवारागर्दी करत बा, कवनो काम धाम नइखे पसंद आ खीस ओकरा नाक पर रहत बा. हाँ ओकरा अन्याय आ समाज के अराजकता से बड़ी समस्या बा. उ कुछ करे के चाहत बा. अचानक एगो गैंगस्टर के हत्या में ओकरा सजा हो जात बा जबकि सभे केहू जानत बा कि उ अंजान बा. जब जइसे तइसे उ बरी होत बा त चुनाव लड़त बा. एगो सामान्य युवक कइसे चुनाव के तइयारी करत बा आ फेर जितला के बाद जब एमएलए बनत बा त कइसे अन्यायी लोग के सजा दिलावत बा, इहे कहानी बा फिल्म के. ई फिल्म रउआ यूट्यूब पर देख सकीलें.
राजनीति (2010)
राजनीति फिल्म चुनावी चाल, षड्यन्त्र, राजनीतिक परिवार के बीच मतलब के संबंध आ राजनीति अउरी स्वार्थ सिद्धि के लेके हत्या आ अन्य अपराध पर आधारित बा. एह में देखावल बा कि कइसे सत्ता अउरी शक्ति खातिर लोग अपना ही परिजन के खिलाफ हो जाला. ई फिल्म महाभारत के कथानक से प्रेरित रहे अउरी एकर सगरो किरदार महाभारत के सगरो मुख्य चरित्रन से ही लिहल गइल रहे. राजनीति के लेखक आ निर्देशक प्रकाश झा ई बात आधिकारिक तौर भी कहले रहलें. जइसे महाभारत राज्य सत्ता पावे खातिर दू गो भाइयन के बीच के महायुद्ध पर रहे, ओसहीं राजनीति फिल्म के कथा भी बुनल गइल बा. चुनाव होखे से पहिले केतना दांव पेंच लगावल जाला, का का करावल जाला ई सब के चित्रांकन रहे. चुनाव परिणाम के बाद कइसे लोगन के जीवन में ठहराव नाम के एगो तूफान आवेला, उ भी देखावल गइल रहे. ई फिल्म त बुझीं शानदार फिल्म हो सकेला अगर रउआ राजनीति से जुड़ल कवनो फिल्म देखे के चाहत बानी त. एकरा के रउआ अमेजन प्राइम वीडियो पर देख सकीलें.
धरती कहे पुकार के (2006)
अजय देवगन अपना जीवन में पहिला अउरी एकमात्र भोजपुरी फिल्म कइलें, जेकर नाम रहे धरती कहे पुकार के. एह फिल्म में मुख्य भूमिका में मनोज तिवारी रहलें. उनके किरदार के नाम अर्जुन रहे आ उ एगो युवक रहे जवन गाँवे आइल आ एगो दुर्घटना के चलते इहाँ के ही होके रह गइल. पढल लिखल अर्जुन जब गाँव समाज में अराजकता देखलस त उ खतरनाक डॉन अउरी बाहुबली नेता वीर महोबिया से पंगा लेबे लागल. ओकरा एह महायुद्ध में कृष्ण के भूमिका में अइलें अजय देवगन जे एसपी कुणाल सिंह के भूमिका में रहलें. ई फिल्म असलम शेख के निर्देशन में बनल. मनोज तिवारी एह में राजनीतिक दरिंदा से लड़े खातिर राजनीति में उतरत बाड़ें अउरी गाँव गाँव जाके लोग के जगावत बाड़ें. उ चुनाव में जीत जात बाड़ें अउरी समाज के उन्मूलन खातिर आगे बढ़त बाड़ें. ई फिल्म भी चुनाव के बेरा अउरी चुनाव परिणाम के बाद के समाज के चित्रण बा. रउआ एह फिल्म के यूट्यूब पर देख सकीलें.
अउरी भी कई गो फिल्म बा, जवन चुनाव अउरी चुनावी परिणाम के बाद के परिस्थिति के केंद्र में रखके बनावल गइल बा. जइसे फिल्म द ताशकंद फाइल्स, एक्सीडेंटल प्राइम मिनिस्टर, पी एम नरेंद्र मोदी, ठाकरे आदि राजनीतिक फिल्म बाड़ी सन.
(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

आपके शहर से (लखनऊ)

उत्तर प्रदेश

UP Election Result : योगी के नये मंत्रिमंडल की कवायद शुरू, ये MLA बन सकते हैं मंत्री, देखें पूरी लिस्‍ट

पंजाब में सुनामी लेकिन यूपी में ‘वोट कटवा’ भी साबित नहीं हुई AAP, सभी 377 उम्‍मीदवारों की जमानत जब्‍त

UP School Exam: इस तारीख से शुरू होंगी यूपी के परिषदीय स्कूलों में वार्षिक परीक्षाएं, रिजल्ट 31 मार्च तक होगा जारी

Explainer: क्या अब कोर वोटर भी नहीं रह गया मायावती के साथ! 15 सालों में 206 से 1 सीट पर सिमटी BSP

Bhojpuri: चुनाव परिणाम आ चुकल बा, जानीं चुनाव पर बनल हिट फिल्मन के बारे में

UP Election Results: यूपी में BJP की प्रचंड जीत के बाद सीएम योगी ने राज्‍यपाल को सौंपा इस्‍तीफा

UP Election Result : स्‍वामी प्रसाद मौर्य बोले- मैं चुनाव हारा हूं, हिम्मत और हौसला नहीं, बताया आगे का प्‍लान

UP Election Results: यूपी में BJP को मिली बड़ी जीत, फिर भी 11 मंत्री तूफानी लहर के साथ न बह सके, देखें लिस्‍ट

UP Election Result 2022: ‘बुलडोजर बाबा’ तो जीते ही औरों की भी किस्‍मत बदल दी, पढ़ें BJP के ऐसे ही नेता की कहानी

UP Results 2022 : यूपी की इन 7 सीटों पर बेहद कम रहा जीत-हार का अंतर, नोटा बना गेमचेंजर

UP Election Results: BJP की यूपी में फिर बनी प्रचंड बहुमत की सरकार, सीएम योगी के सामने होंगी ये 5 चुनौतियां

उत्तर प्रदेश

यूपी विधानसभा चुनाव 2022, ब्रेकिंग हिंदी न्यूज़, लाइव न्यूज अपडेट सबसे पहले News18 India पर। आज की ताजा खबरें, विश्लेषण, पांच राज्यों में विधानसभा चुनाव की खबरें पढ़ें सबसे विश्वसनीय हिंदी न्यूज़ वेबसाइट News18 हिंदी पर |Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri, UP Election 2022, Up election 2022 result

[ad_2]

Source link