पांव लागीं मलिकार ! कवनो नेता भा पाटी से रार होखे भा तकरार, खींस होखे भा पिरीत, बाकिर वोट देबे जरूर जा. के चाहीं. एक वोट से मन के मुराद पूरा हो सकेला. केहू के अपना वोट से जिता सकीले भा पसन के ना होखस त हरा भी सकीले. एक वोट के कीमत केतना बा, ई सभे जान जाव त कबो ना कतरायी. यूपी में पहिलका चरन में 11 जिला के 58 सीट पर जवन वोट 10 फरवरी के भइल हा, ओइमें 61 परसेंट लोग बूथ ले पहुंचल. ई पिछलका बेर से दू परसेंट बेसी त जरूर बा, बाकिर जवनी गंतिया वोट डाले खातिर परचार होता, लोग अब पढ़ल-लिखल हो गइल बा, ओकरा के धेयान में राखल जाव त ई हालत नीमन ना कहाई. करोड़ों रुपया परचार पर खरच कइला के बादो सभे वोट नइखे देत. एक जने नेता त अपने वोट ना डाल पवले. एक वोट के केतना कीमत होला, केहू जान-समझ जाई, त जरूर बूथ ले जाई.
अमूमन लोग इहे सोचेला कि वोट देहला से का बन-बिगड़ जाये के बा. केहू जीतो भा केहू हारो, कवनो फरक नइखे परे वाला. के काम-धाम छोड़ के घंटा भर लाइन में खाड़ रहे. बाकिर पुरान बात सुन-जान के ई भरम केहू के ओरा जाई. एक वोट से केहू जीत जाला आ केहू हार जाला. एक वोट से सरकार बन-बिगड़ जाले, एक वोट से कानून बन-बदल जाला. बड़-बड़ लोग के एक वोट से जीत-हार के सामना करे के परल बा. पांड़े बाबा आज एही के बतकही करत रहुवीं. उहां के लोग के समझावत रहुवीं की 14 तारीख के दोसरका चरन के यूपी में वोट होखे वाला बा. सभका वोट जरूर देबे जाये के चाहीं. पहिले के जमाना में लोग अनपढ़-गंवार रहे, एह से एकर भैलू ना समझे-बूझे. अब त पढ़ल-लिखल लोग हर घर में बा.
अटल जी के सरकार एक ही वोट से गिरल रहे
पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि परधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के आपन कुरसी एक वोट के कमी से गंवावे के परल रहे. अटल जी के सरकार से तमिलनाडु के ओह बेरा के मुखमंतरी जयललिता समरथन वापस ले लिहली. सरकार खातिर वोट करावे के परल रहे. ओह बेरा लोकसभा के स्पीकर रहले पीए संगमा. ऊ कमाल क दिहले. कांग्रेस के नेता रह चुकल रहले, एह से उनका पाटी के मोह जाग गइल. ऊ उड़िसा के एगो अइसन एमपी के वोट देबे के हक दे दिहले, जे उड़िसा के मुखमंतरी चुना गइल रहले. तब नियम रहे कि चुनाव के बाद छह महीना ले इस्तीफा ना देबे के परे. उड़िसा के कांग्रेसी मुखमंतरी गिरधर गोमांगो के स्पीकर संगमा साहेब वोट देबे के छूट दे दिहले आ उनका एक वोट से अटल जी के सरकार गिर गइल रहे.
राजस्थान में सीपी जोशी एक वोट से हारल रहले
पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि 2008 में राजस्थान के नाथद्वारा सीट से कवनो सीपी जोशी खड़ा भइल रहले. उनकर डराइवर वोट देबे ना गइल. कुछ लोग त इहो कहेला कि उनकर जनाना वोट देबे ना गइल रहली. जवन होखे, बाकिर बाद में वोट गिनाइल त पता चलल कि जोशी जी एक ही वोट से हार गइले. अब रउरे बताईं मलिकार कि उनका अपना डराइवर भा जनाना के वोट ना डाल पवला के केतना अफसोस भइल होई. जोशी जी त माथा पीटिये लिहले होइहें, डराइवर भा उनकरा जनाना के केतना अफसोस भइल होई. ओकरा बाद का भइल, ई त केहू देखे ना गइल रहे, बाकिर खींस के अंदाजा लगावल जा सकेला. लोग बतावेला कि जोशी जी के एने-ओने घुमावे में डराइवर के वोट देबे के मौका मिलिए ना पावल. सुने में आवेला कि ओह बेर जोशी जी के राजस्थान के मुखमंतरी बनावे के इनरा गान्हीं सगरी तेयारी क लिहले रहली. बाकिर एक वोट से उनकर किसमत बिगड़ गइल.
पटेल एक वोट से मिनिसपल्टी चुनाव हारल रहले
एक वोट के कमाल 1917 में भी देखे के भी मिलल रहे. सरदार बल्लभ भाई पटेल अहमदाबाद मिनिसपल्टी कारपोरेशन के चुनाव एक वोट से हार गइल रहले. एह घरी के नेता नू आसमान से टपकत बा लोग. पहिले अइसन बात ना रहे. कम से कम तीन गो बड़ नेता अइसन भइले एह देस में, जे मिनिसपल्टी चुनाव से आगे बढ़ले. जवाहरलाल नेहरू (इलाहाबाद, अब प्रयागराज), नेताजी सुभाष चन्द्र बोस कलकत्ता (अब कोलकाता) आ सरदार वल्लभभाई झवेरदास पटेल अहमदाबाद के मिनिसपल्टी के मुखिया रहे लोग. पटेल साहेब त पहिलका बेर एक वोट से 1917 में हार गइल रहले.
अपना देस में एक वोट से हिन्दी राष्ट्रभाषा बनल
पांड़े बाबा एक वोट के कमाल के कई गो बतकही करत रहुवीं. उहां का बतावत रहुवीं कि अपना मुलुक में एक वोट से हिन्दी राष्ट्रभाषा बनल. अध्यक्ष के एगो वोट ना मिलल रहित त अबहीं ले हमनी के विलायती भाषा के ढोए के परित. सभे विलायती भाषा अंगरेजी के अपनावे खातिर तैयार रहे. हिन्दी आ अंगरेजी के पख में वोट बराबर पर गइल. अखिरिया वोट अध्यक्ष जी के रहे. ऊ हिन्दी के पख में दे दिहले. ऊ गड़बड़ा दिहले रहिते त अपना देश के आपन भाषा हिन्दी ना बन पावल रहित.
विदेशों में कई बेर लउकल बा एक वोट के कमाल
ई त भइल अपना देस के बात. विदेसो में अइसन कई गो ममिला सामने आइल बा, जब एक वोट से कवनो नियम-कानून बन-बदल गइल भा केहू के गद्दी मिल गइल. पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि सन 1776 अमिरका में एक वोट से जरमन भाषा का जगहा पर अंगरेजी राजभाषा बन गइल रहे. जरमन के राजभाषा बनावे वाला लोग एतना बेसी रहे कि ई पक्का मान लिहल गइल कि जरमने राजभाषा बनी. बाकिर एक वोट से ई जमात पिछुआ गइल आ जरमन के जगहा अंगरेजी राजभाषा बन गइल. इहे ह एक वोट के कमाल. उहां का बतावत रहुवीं कि एही तरे 1875 में फ्रांस में राज तंत्र और गणतंत्र के सवाल पर वोट भइल रहे. एक वोट के कीमत तब लोग के बुझाइल, जब एक वोट से फ्रांस में राज तंत्र के जगहा गणतंत्र के मान्यता मिल गइल. सन 1923 में एक वोट बेसी मिलला से हिटलर नाजी़ पाटी के हेड बन गइल रहले आ तबे से हिटलर जुग शुरू भइल, जवना के अतियाचार देख के लोग आजो कहेला कि हिटलरसाही आ गइल बा.
अबकी जयंत चौधरी आपन वोट ना डाल पवले
एगो वोट के जब एतना वैलू बा, ओकरा बादो विदेस में पढ़ल-लिखल साइकिल छाप पाटी के सहयोगी जयंत चौधरी आपन वोट यूपी के पहिलका चरऩ के चुनाव में ना डाल पवले. साइकिल आ जयंत के पाटी दावा करतिया कि सरकार उहे लोग बनावे वाला बा, बाकिर जेकरा वोट देबे के एतने गेयान नइखे, ऊ आगे चल के का करी, एही से बुझा जाता. जयंत चौधरी वोट के दिने बिजनौर में सभा करे में लागल रह गइले. मथुरा में अपना बूथ पर वोट डाले ना जा पवले. अब उनकर कंडिडेट कहीं एक वोट से हार गइल त उनका केतना दरद होई.
अपना इहां अबे खाली यूपी के वोट के बतकही सगरी होता. केहू जोगी जी के जितावता, त केहू साइकिल छाप वाला अखिलेस जादो के. दुनू ओर के लोग पांड़े बाबा के दुआर पर रोजे बइठकी करता. रउरा त जनबे करीले, पांड़े बाबा साफ सुथरा बतकही करीले. उहां के कवनो पाटी-पउवा के पख में ना बोलीं. एही से लोगवा उहां के सुनेला. बाकी अगिला पाती में.राउर, मलिकाइन(ओमप्रकाश अश्क स्वतंत्र पत्रकार हैं. आलेख में व्यक्त विचार उनके निजी हैं.)
आपके शहर से (लखनऊ)
उत्तर प्रदेश
Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- जानी एक वोट के कमाल, केहू के बनावे मालामाल त केहू के बना देला कंगाल
UP Chunav Phase 2 voting Live Updates- यूपी में 9 जिलों की 55 सीटों पर वोटिंग शुरू
UP School Reopens: यूपी के इन 9 जिलों में आज भी नहीं खुल सकेंगे स्कूल, जानें वजह
UP Chunav 2022: दूसरे चरण की वोटिंग से पहले CM योगी की अपील, दंगा मुक्त प्रदेश के लिए अवश्य करें मतदान
UP Chunav: दूसरे चरण का मतदान आज, 55 सीटों पर 78 मुस्लिम कैंडिडेट ठोक रहे ताल, जानें सियासी समीकरण
UP 2nd Phase Polling: 9 जिलों की 55 सीटों में से ये हैं सबसे हॉट सीट, जानें सियासी गणित
UP Election: मायावती ने जारी की 47 प्रत्याशियों की एक और लिस्ट, जानें मुख्तार अंसारी को कौन देगा टक्कर?
UP Election: दूसरे चरण में सुरेश खन्ना-आजम खान समेत कई दिग्गजों की प्रतिष्ठा दांव पर, देखें लिस्ट
UP Election: प्रियंका गांधी का सीएम योगी पर पलटवार, बोलीं- मैं अपने भाई के लिए अपनी जान दे दूंगी
UP Election 2022: दूसरे चरण के मतदान से पहले अखिलेश यादव का चुनावी वादा, कही ये बात
लखनऊ के अस्पताल में चल रहा था अजब खेल, मरीजों को दवाई के साथ बेचा जा रहा था आलू
उत्तर प्रदेश
ब्रेकिंग न्यूज़ हिंदी में सबसे पहले पढ़ें News18 हिंदी | आज की ताजा खबर, लाइव न्यूज अपडेट, पढ़ें सबसे विश्वसनीय हिंदी न्यूज़ वेबसाइट News18 हिंदी |Tags: Bhojpuri, Bhojpuri News, UP Chunav 2022, UP elections
Source link